Sanjay kumar>लालू जी के बिहार के राजनीति मे अप्रत्यक्ष रूप से प्रवेश हो गोइल बा। जबसे उन्हा के जेल से बाहर आइल बानी तबसे बिहार में खट_खट सुनाई देता अउरी सुने में आवता की लालू जी रतियो मे तेजस्वी के मुख्यमंत्री बने के सपना देखत बानी तबे त लालू के जन्मदिनवा बडेउआ के दिनवा मांझी ट्वीट कइलन जीअ लालू ढेर दिन इतने पर ऊ लालू के बड़का लइकवा तेजुआ तुरंत मिले मांझी के आवास चल गईलन और मीडिया से कहत बावन की उनकर मुलाकात घरेलू संबंध रहे। इतने मे लालू जी भी मांझी के सरकार संभाले तक के अवसर देदेलन तब बताव ईहे घरेलू मुलाकात ह। लालू जानत बावन की मांझी चाहे साहनी मेले कोइ भाग जाई त सरकार नीतीश के गिर जाई और विपक्ष बाबू नौआ फेल तेजस्वी मुख्यमंत्री बन जाई जा जा छी छी तोहरा बिहार त अइसही बदनाम बा की उहवा के लोग अनपढ़_ग्वार होखेलन जब मुख्यमंत्री नौआ फेल हो जइहन तब त बेचारा बिहारीअन के बहरवा आउरी गरीअईहसन। बेचारा विधार्थी छात्रवा अब का करसन बिहार में नेतवे खाए चबाए वाला बावन स । अब त अब साहनी के भी उप मुख्यमंत्री बने के ऑफर मिलता जैसे की राजनीति आउर कुर्सियां ओकनी के बाप के ह। अब जागी जा बिहार के जनता सारा समीकरण बदल दिहीन जा वरना ई सब के सब लूट लिहसन सब नौकरी वाला , कंपनी वाला व्यापारिया सब के सब राजनीते में आव तावन स कही फैदा देखिए के न, बदली जा the star india ke sath milke पढ़े खातिरthe star india team tah dil se dhanyabad karta ।